pathcreationacademy@gmail.com

9560104951

Slide for large screenSlide for small screen
Slide for large screenSlide for small screen
Slide for large screenSlide for small screen
Amazon Jungle History

Amazon Jungle History

अमेज़न के बरसाती बन भा अमेजन जंगल (अंग्रेजीAmazon rainforestअमॆजोन रेनफ़ॉरॆस्ट) दक्खिन अमेरिका के ब्राजील आ आसपास के देसन में मौजूद चाकरपतई वाले आ उष्ण कटिबंधी नम जलवायु वाले बरसाती बन हवें। ई अमेजन नदी के बेसिन में बिस्तार लिहले बाड़ें जेकरा चलते इनहन के ई नाँव पड़ल हवे। अंग्रेजी में इनहन के अमेजन रेनफारेस्ट भा अमेजोनिया भी कहल जाला। अमेजन बेसिन के बिस्तार लगभग 7,000,000 किमी2 (2,700,000 वर्ग मील) रकबा पर बाटे आ एकर करीबन 5,500,000 किमी2 (2,100,000 वर्ग मील) इलाका एह बरसाती बन सभ वाला बाटे। ई इलाका कुल नौ गो देसन के सीमा में बिस्तार लिहले बाटे।

एह बरसाती बन के जादेतर हिस्सा ब्राजील देस में पड़े ला, लगभग 60% हिस्सा एही देस में बाटे, एकरे बाद पेरू देस में एकर लगभग 13% हिस्सा, कोलंबिया में 10%, आ बाकी के हिस्सा वेनेजुएलाइक्वेडोरबोलीवियागयानासूरीनाम आ फ्रांस (फ्रेंच गयाना) में बाटे। चार गो देसन में एह बन सभ खातिर "अमेजोनास" नाँव से पहिला-स्तर के प्रशासनिक बिभाग (प्रांत) बाड़ें। अमेजन के ई जंगल पूरा दुनिया में बचल बरसाती बन सभ के लगभग आधा हिस्सा बाड़ें।[1] बरखाबन के सभसे बेसी एक साथ बिस्तार वाला ई जंगल सभसे बेसी जीवबिबिधता वाला बरखाबन हवे जहाँ एस्टीमेट के मोताबिल 390 बिलियन पेड़ बाने आ ई लगभग 16,000 प्रजातिन के बाड़ें।[2]

2019 में ब्राजील के एह जंगल सभ में भारी जंगल के आग के खबर दुनिया के सोझा आइल जब इहाँ के अंतरिक्ष रिसर्च के नेशनल इन्स्टीट्यूट (Instituto Nacional de Pesquisas Espaciais – INPE) द्वारा जानकारी दिहल गइल कि कम से कम 75,336 जंगल के आग के घटना एह साल जनवरी से अगस्त 2019 ले हो चुकल बाड़ी स, ई अबतक के रिकार्ड सभसे बेसी संख्या बाटे जबसे 2013 आइएनपीई अइसन डेटा एकट्ठा क रहल बाटे।[3][4] ई आँकड़ा सैटेलाईट से लिहल तस्वीर सभ के सहारे एकट्ठा कइल जाला।[5] धियान देवे के बात ई बा इ एह जंगल सभ के "पृथ्वी के फेफड़ा" नाँव दिहल जाला।

- Lokendra Sharma